का करबऽ मंत्री जी : चकाचक बनारसी
चेत गइल जनता त बोलऽ हे मंत्री जी फिर का करबऽ ।
दरे दरे गोड़ धरिया कइलऽ दाँत निपोरत रहलऽ मालिक,
भिखमंगई, चन्दा व्यौरा पर सच्चा जीयत रहलऽ मालिक,
कांगरेसी तू रहलऽ नाहीं झटके में बन गइलऽ मालिक,
बाप दादा भीख मंगलन, तू एम०एल०ए० हो गइलऽ मालिक,
कुर्सी निकल गइल त बोलऽ फिर केकर तू चीलम भरबऽ ॥१॥
सत्ता में अउतै तू मालिक दिव्य डुबइलऽ देश कऽ लोटिया,
दरे दरे उदघाटन कइलऽ पेड़ लगउलऽ रखलऽ पटिया,
घूसो लेहलऽ टैक्स बढ़इलऽ सबै काम तू कइलऽ घटिया,
आज देश कंगाल हो गयल, कइलऽ खड़ी देश कऽ खटिया,
खूँटा में बँधलेस जनता त कइसे खेत देस क चरबऽ ॥।२॥
पाँच बरस अस्वासस्न छोड़ के जनता के कुछ देहलऽ नाहीं,
अउर तू का देतऽ जनता के रासन तक त देहलऽ नाहीं,
सेतै देहलऽ परमिट, कोटा, लाइसेंस का लेहलऽ नाहीं ?
सच बोले का खानदान के सरकारी पद देहलऽ नाहीं ?
यदि हिसाब लेहलेस जनता त फिर केकर सोहरइबऽ धरबऽ ॥३॥
वादा पर वादा कइलऽ पर वादा पूरा कइलऽ नाहीं,
बेइमानन क साथ निभइलऽ बेइमानन के धइलऽ नाहीं,
हौ सेवा करतब हमार का भाषन में तू कहलऽ नाहीं ?
बोलऽ बे मतलब तू का दौरा पर दौरा कइलऽ नाहीं ?
मर के तू शैतानै होबऽ मरले पर तू नाहीं मरबऽ ॥४॥
जनता के भूखा मरलऽ पर हचक हचक के खइलऽ सच्चा,
कभी बाजरा कांड, कभी लाइसेंस कांड तू कइलऽ सच्चा,
तू चुनाव के जीतै खातिर तस्करवन के धइलऽ सच्चा,
सबके धर के लोकतंत्र खतरे में हौ समझउलऽ सच्चा,
सोझे संसद भंग न होई सोझे तू सब नाहीं टरबऽ ॥५॥
सोचत होबऽ अपने मन में की सब जूता नाप क हउवै,
सोचत होबऽ अपने मन में की मंत्री पद टाप क हउवै,
तनिको नाहीं सोचत होबऽ की ई कुल धन पाप क हउवै,
छोड़तऽ काहे नाहीं कुर्सी का ऊ तोहरे बाप क हउवै,
कइले चालऽ पाप एकजाई यही जनम में सब कुछ भरबऽ ॥६॥
सब कुछ छोड़बऽ सीधे-सीधे तोप चली न चली तमंचा,
जाग रहल हौ देस चकाचक रोजै होई खमची खमचा,
गिनवाई जौने दिन जनता दिव्य लगइबऽ ओ दिन खोमचा,
निश्चित भुक्खन मर जइहैं ओ दिन तोहार कुल चमची चमचा,
पाँच बरस तू रह गइलऽ त अबकी मालिक देश के गरबऽ ॥७॥

--चकाचक बनारसी
जिया रजा चकाचक ,लिख गईलS तोहूं चौचक ।
ReplyDeleteआपका बहुत आभार!
ReplyDeleteचकाचक जी के बतियो चकाचक उहो चकाचका उनकरे माध्यम से हमहु कुछ लिख रहल बानि। इ क इसन बात भ इल,दिनहीँ मेँ रात भ इल सीधे चले वाला संगे अइसन का घात भ इल टाप पर आ ग इनि फिर नोकरी ना पाउँगा ।अइसहि का जिनगी भर घण्टा हिलाउँगा।जागी जागी रात भर ,शाम से विहान कर ,पढ़ी पढ़ी थाकि ग इनी नीदिया जियान कर ,तवना बड़का ईनाम इहे पाउँगा। अइसहि का जिनगि भर घण्टा हिलाऊँगा।घूस के बोलबाला बाटे ,होखत खुबे हाला बाटे,कहल कुछ जाइ क इसे मुह लागल ताला बाटे,खोके एहि दुनिया मेँ मै भी क्या तर जाऊँगा। अइसहि का जिनगी भर घण्टा हिलाऊँगा।डिगरी ई बोझा बाटे.साचे र उवा सोझा बाटे,भूत ले नोकरी के घुमि,झारे वाले न ओझा बाटे,कहाके बेरोजगार क्या एक मै भी तर जाऊँगा। अइसहि...खेलनी ना ओल्हापाती,नाही रे बनवली बाती,केहू के ना भेजी प इनी लभवा के कवनो पाती,नमवा बचाके राखल बदनाम कर जाऊँगा।अइसहिँ...अपना पे खर्चा,क इसे बनाई पर्चा,जहँवा भी जाइल जाता इहे त उड़त चर्चा,राना कुछ बनब ना त मुँह क इसे दिखलाऊँगा।अइसहिँ... RANA RANJEET BASU.(BHOJPURI UTTHAN MANCH) DHARANI GHAZIPUR UP 232336MO.08896125767
ReplyDeleteI would like to say that this blog really convinced me, you give me best information! Thanks, very good post.
ReplyDeletephp training in indore Keep Posting:)
https://youtu.be/WnWdbextJAo
ReplyDeletewatch and share more